दुनियाँ मे अपने माई के बड़ाई नाही बा
जे अभागा बाटे ओकरे घरवाँ माई नाही बा
बबुआ भईने बीमार माई भूखेली तिववहार
माई बरत मातींन जग में दवाई नाही बा
जे अभागा बाटे ओकरे घरवाँ माई नाही बा
दुनियाँ मे अपने माई के बड़ाई नाही बा
जे अभागा बाटे ओकरे घरवाँ माई नाही बा
जाड़ा गर्मी बरसात माई दिहलू तू साथ
माई अचारा मतींन जग में राजाई नाही बा
जे अभागा बाटे ओकरे घरवाँ माई नाही बा
दुनियाँ मे अपने माई के बड़ाई नाही बा
जे अभागा बाटे ओकरे घरवाँ माई नाही बा
माई गईलू एक दिन बाउ कईने दूसर शादी
मयभा माई मतींन जग में कसाई नाहीं बा
जे अभागा बाटे ओकरे घरवाँ माई नाही बा
दुनियाँ मे अपने माई के बड़ाई नाही बा
जे अभागा बाटे ओकरे घरवाँ माई नाही बा......
No comments:
Post a Comment